Uncategorized
Trending

समस्त बिहारी माताओं

समस्त बिहारी माताओं , बहनों एवं बंधुओं को आज बिहार दिवस की हार्दिक बधाई एवं बहुत बहुत हार्दिक शुभकामनाऍं । बिहार दिवस पर ‌एक भोजपुरी कविता का छोटा सा प्रयास :
भारत के बिहार बा ,
राष्ट्र के उपहार बा ,
संस्कृति के सिंगार बा ,
आदर प्यार बौछार बा ।
सभ्यता निष्ठा अपार बा ,
सेवा भाव त‌ईयार बा ,
जन जन भाई यार बा ,
बिहार में सदाचार बा ।
बिहार बड़ आकार बा ,
इहवाॅं उच्च विचार बा ,
बुद्ध महावीर बिहार बा ,
कुॅंअर सिंह संस्कार बा ।
व्यवहारे इहाॅं आधार बा ,
जे पी के बरसत प्यार बा ,
इहाॅं खाली व्यवहार बा ,
ना नगद ना उधार बा ।
इहवाॅं सबके सत्कार बा ,
ना केहू के तिरस्कार बा ,
बिहार कर जोड़ खार बा ,
स्वागत में ले पुष्पहार बा ।
इहवाॅं सादर इन्तजार बा ,
सादर राउर नमस्कार बा ,
भोजपुरी अंगिका मगही ,
मैथिली माटी हमार बा ।


अरुण दिव्यांश
छपरा ( सारण )
बिहार ।

Related Articles

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *