Uncategorized
Trending

पद पईसा

पद पईसा पर बड़ गुमान बा ,
कुछे दिन बनल पहलवान बा ,
जीवन खुद चार दिन मेहमान ,
गुमान मेहमाने कीहाॅं मेहमान बा ।
चार दिन के बा मेहमान जीवन ,
गुमान दू दिन ओकर मेहमान बा ,
जवना दिन ढहल पद आ पईसा ,
ओही दिन समझ टूटल गुमान बा

जबतक बाटे पद आ पईसा ,
महल अटारी आलीशान बा ,
पद गईल आ पईसा भी गईल ,
महलो पड़ल बड़ पुरान बा ।
टुटल महल बतावेला कहानी ,
शोषण दोहन रहल ध्यान बा ,
ईमान के कमाई खाहीं में जाए ,
फैशन महल कहाॅं अरमान बा ।

अरुण दिव्यांश
छपरा ( सारण )
बिहार ।

Related Articles

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *